एतना जे सच देखा दिहले बा जिनगी

पंकज प्रवीण

सबके मालूम बा कि जाये के बा ईहां से.
हम खुद के यकीन दिलाई त कइसे ?
एतना जे सच देखा दिहले बा जिनगी,
ओकरा के हम अब, भुलाई त कइसे ?

लोग कईलस मना कि मत जइहा ओह डगरी.
लेकिन मन नाहीं मानल, खता कर गइल,
अब उहाँ दूसरा नांवे बसल बाटे बस्ती.
उहाँ आपन बस्ती अब बसाई त कइसे ?
एतना जे सच देखा दिहले बा जिनगी,
ओकरा के हम अब भुलाई त कइसे ?

रंग झिलमिल जब देखनी हम दुनिया के
मन रंग में रंगे के खता कर गइल,
एक रंग पे चढल जब दूसर रंग के अरघा,
तिसरका ई रंगवा देखाई त कइसे ?
एतना जे सच देखा दिहले बा जिनगी,
ओकरा के हम अब भुलाई त कइसे ?


पंकज प्रवीण भोजपुरी के उभरत गायक हउवन जिनकर एगो म्यूजिक अलबम रिलीज हो चुकल बा आ दोसरका के रिकार्डिंग होखे वाला बा. नया पीढ़ी का गायकन में पंकज के जगहा अलगा से बा काहे कि ऊ दुअर्थी गीतन से परहेज करेलन आ भोजपुरी में अश्लील गीतन के पुरजोर विरोध करेलन.